बिहार के खबर

(शुक, 30 सितम्बर)

  • नवादा जिला के रामनगर क्षेत्र में दिनदहाड़े एगो आभूषण व्यवसायी के हत्या का विरोध में शुक का दिने लोग प्रदर्शन कइल आ पुलिस बल पर पथराव कइल.
  • पटना में दुर्गापूजा पर सुरक्षा के खास इंतजाम कइल जा रहल बा. बहुते पुलिस वालन के सादी वर्दी में पण्डाल का नियरा तैनात कइल जाई.
  • वैशाली जिला के हाजीपुर रेलवे स्टेशन पर शुक का दिने भइल दुर्घटना में अपना भाई विजय आनंद के मौत से दुखी ओकर बहिन एगो मालगाड़ी का सोझा कूद के आपन जान दे दिहलसि.
  • बिहार के महापुरुषन के जन्मस्थली वाला गांवन के अब सड़क से जोड़ दिहल जाई.
  • बिहार में मुख्य सचिव अनुप मुखर्जी समेत राज्य के नौ गो सीनियर अधिकारी शुक के रिटायर कर गइले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..