बिहार के खबर

(शनिचर, 1 अक्टूबर)

  • बिहार में इंसेफलाइटिस से अबले 51 बच्चन के मौत हो चुकल बा. सगरी मौत गया मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भइल बा.
  • औरंगाबाद जिला के ओबरा प्रखंड में बभनडीहा पंचायत के मुखिया आरिफ खान के कुछ अनजान लोग गोली मार के हत्या कर दिहल.
  • अधवारा समूह के नदियन के छोड़ बाकी सगरी नदियन के जलस्तर कम होखल जात बा जवना चलते प्रदेश में बाढ़ के हालात में सुधार आ रहल बा. शिवहर मुजफ्फरपुर सड़क आ दरभंगा जयनगर राजमार्ग संख्या एक सौ पाँच अबहियो बन्द बावे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..