बिहार के खबर

(शनिचर, 1 अक्टूबर)

  • बिहार में इंसेफलाइटिस से अबले 51 बच्चन के मौत हो चुकल बा. सगरी मौत गया मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भइल बा.
  • औरंगाबाद जिला के ओबरा प्रखंड में बभनडीहा पंचायत के मुखिया आरिफ खान के कुछ अनजान लोग गोली मार के हत्या कर दिहल.
  • अधवारा समूह के नदियन के छोड़ बाकी सगरी नदियन के जलस्तर कम होखल जात बा जवना चलते प्रदेश में बाढ़ के हालात में सुधार आ रहल बा. शिवहर मुजफ्फरपुर सड़क आ दरभंगा जयनगर राजमार्ग संख्या एक सौ पाँच अबहियो बन्द बावे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।