बिहार के खबर

(बियफे, 6 अक्टूबर)

  • सीवान जेल में बंद पूर्व सांसद शहाबुद्दीन का लगे से छापामारी में दू गो मोबाइल फोन, सिम कार्ड अउर 10,000 रुपया से बेसी के नकदी मिलल बा.
  • कैमूर जिला के चैनपुर इलाका में बियुर गाँव का लगे मुंडेश्वरी धाम से दर्शन करा के लवटत एगो ट्रैक्टर पलटला से ओह पर सवार तीन लोग के मौत हो गइल आ चार जने घाहिल हो गइले.
  • पूर्वी चंपारण के सुगौली इलाका में झपवा मोतिहारी राजमार्ग पर एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • रोहतास के बंजारी में बियफे साँझ प्रतिमा विसर्जन का दौरान सोन नदी में दू लोग के डूबला से मौत हो गइल. नदी से लाश निकाल लिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।