बिहार के खबर

(शनिचर, 8 अक्टूबर)

  • उत्तर बिहार में बाढ़ के हालात में तेजी से सुधार हो रहल बा. गंगा, कोसी, गंडक, सोन आ महानंदा नदियन के पानी तेजी से घटल बा. अधवारा समूह के नदी एकाधे जगहा खतरा का निशान से उपर बाड़ी सँ. बाढ़ स टूटल सड़कन के मरम्मति के काम शुरू करा दिहल बा.
  • दुरौंधा में तेरह अक्टूबर के होखे वाला विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर तीन गो ब्लॉक, हसनपुरा, सिसवन, आ दुरौंधा, में दू सौ चउवालीस गो मतदान केन्द्र बनावल गइल बा.
  • भाजपा अपना बड़का नेता लालकृष्ण आडवाणी के जन चेतना यात्रा खातिर पूरा ताकत लगवले बिया. यात्रा के शुरुआत सिताब दियरा से नीतीश कुमार के हरियर झण्डी से होखी. सिताब दियरा में उनुकर सभा बीएसटी बंधा का लगे छोटका बैजू टोला आ गरीबा टोला के बीच खाली खेत में करावल जाई जहवाँ पैंतीस हजार लोग एह सभा में शामिल हो सकीहें. आडवाणी ओहिजा हेलीकाप्टर से जइहें आ उतरला का बाद जेपी के गाँव लालजी टोला जाके उनुका के श्रद्धांजलि दीहें. जनसभा का बाद वापिस हेलीकाप्टरे से लवटि जइहें. छपरा में सभा कइला का बाद सड़क मार्ग से पटना जइहें.
  • बांका जिला के बेलहर इलाका से शनिचर का दिने एगो नक्सली स्वयंभू सब जोनल कमांडर के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पश्चिमी चंपारण जिला के शिकारपुर इलाका में एगो नाबालिग लड़िकी का साथ सामूहिक दुष्कर्म का मामिला में पुलिस एक जने के गिरफ्तार कइले बिया.
  • भोजपुर जिला के उदवंतनगर इलाका में शनिचर सबेरे एगो कार पेड़ से टकरा गइल जवना चलते ओह पर सवार तीनो लोग मर गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..