बिहार के खबर

(बुध, 19 अक्टूबर)

  • राज्य में सांसद निधि के काम अभियंत्रण संगठन का मार्फत करावल जाई. जिलाधिकारियन पर अब योजना के स्वीकृति भा कार्यान्वयन के जिम्मेदारी ना रही.
  • मुंगेर जिला के बरियारपुर बस स्टैंड पर ठेकेदारी खातिर दू गो गुट में लड़ाई का दौरान गोली चलल जवना में बस स्टैंड पर खड़ा एगो सहायक अभियंता समेत तीन लोग के जान चल गइल. दु जने घवाहिल हो गइले.
  • सिवान जिला के बसंतपुर थाना इलाका में मदारपुर गाँव में बुध का दिने स्थानीय लोग आ पुलिस का बीच भइल झड़प में तीन आदमी के जान चल गइल आ एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. झड़ॡ तब शुरू भइल जब लोग एगो औरत के पुलिस से छोड़ा लिहल जवना के एगो बच्चा चोरावे का आरोप में पकड़ल गइल रहे.
  • वैशाली जिला के तिसिऔता थाना इलाका में मजदूरी से इंकार करे वाला मजदूर के ओकर मालिक पीट पीट के मुआ दिहलसि. आरोपी आ ओकरा घर के बाकी बेकत फरार हो गइल बाड़न.
  • पटना के एगो स्कूल से शनिचर का दिने लापता भइल दू गो छात्र अमृतसर में मिलल बाड़े. एकनी के ले आवे खातिर पटना पुलिस के टीम अमृतसर गइल बिया.
  • नीतीश कुमार ‘सेवा यात्रा’ पर त लालू प्रसाद ‘गांव-गांव यात्रा’ पर निकले के घोषणा कइले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..