बिहार के खबर

(बुध, 26 अक्टूबर)

  • पश्चिम चम्पारण जिला के चनपटिया प्रखंड के स्वास्थ्य उपकेन्द्र प्रभारी डा. मोहम्मद जहीर के लाखों रुपिया के सरकारी दवा आ डीडीटी का साथे मंगल का रात में पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • बिहार में अब आंगनबाड़ी केन्द्र के बागडोर ओहिजे के लोग का हाथ में दे दिहल गइल बा.
  • बिहार सरकार अपना कर्मचारियन के प्रशिक्षण के नया नीति बनवलसि. अब आदेशपाल से ले के अधिकारी ले सभका खातिर प्रशिक्षण लिहल जरूरी बना दिहल गइल बा. चतुर्थ वर्गीय कर्मचारियन के तीन हफ्ता के आ ओकरा उपर के अधिकारियन खातिर बावन हफ्ता के प्रशिक्षण लिहल जरूरी होखी. ई प्रशिक्षण अपना पूरा सेवा काल में लिहल जा सकी.
  • कैमूर पहाड़ी पर लोहरा के जंगल से एगो नक्सली हार्डकोर विजय खड़वाल के असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • बेगूसराय के सिमरिया घाट पर आजु बुध का फजीरे कथित अर्धकुंभ के दुसरका शाही नहान में हजारों श्रद्धालु गगं स्नान कइले.
  • राज्य का हर बड़का शहर में एगो खास पुलिस थाना बनावल जाई जवना के काम बस बिजली चोरी रोकल होखी. सबले पहिला थाना पटना में बनावल जाई.
  • मोतिहारी के सुशील कुमार देश के अबले के सबले बड़का गेम शो “कौन बनेगा करोड़पति” में पाँच करोड़ रुपिया के इनाम जीत के इतिहास बना दिहले. बहुते साधारण परिवार से आवे वाला सुशील छह हजार रुपिया महीना का तनखाह पर पश्चिम चंपारण के चनपटिया में मनरेगा योजना में कंप्यूटर आपरेटर के पद पर बहाल बाड़े. सुशील के सपना आईपीएस अफसर बने के बा. एह एपिसोड के प्रसारण दू नवंबर के कइल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।