बिहार के खबर

(शुक, 28 अक्टूबर)

  • मुजफ्फरपुर जिला में दस साल से लगभग पचास मामिला के फाइल दबा के रखले तीन गो पुलिस उपाधीक्षक समेत साठ गो अधिकारियन पर नगर थाना में केस दर्ज करावल गइल बा. पुलिस उप महानिरीक्षक के कहना बा कि एह लोग के गिरफ्तारो कइल जा सकेला.
  • पश्चिम चंपारण में उत्तर बिहार ग्रामीण बैंक परखौली आ सेन्ट्रल बैंक नारायणपुर शाखा के मैनेजर, कैशियर, बैंक के दलालन समेत दू दर्जन लोग पर किसान क्रेडिट कार्ड में गड़बड़ी करे का आरोप में केस दर्ज करावल गइल बा.
  • पन्द्रह नवम्बर से बिहार में पासपोर्ट खातिर मैनुअल आवेदन ना लिहल जाई. सगरी काम आनलाइन होखल करी. शुरु में ई व्यवस्था खाली पटना जिलाके आवेदकन खातिर बा. धीरे धीरे हर जिला में ई व्यवस्था कर दिहल जाई.
  • बक्सर जिला में दू गो अलग अलग घटना में दू आदमी ट्रेन का चपेटा में आके मर गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।