बिहार के खबर

(शुक, 28 अक्टूबर)

  • मुजफ्फरपुर जिला में दस साल से लगभग पचास मामिला के फाइल दबा के रखले तीन गो पुलिस उपाधीक्षक समेत साठ गो अधिकारियन पर नगर थाना में केस दर्ज करावल गइल बा. पुलिस उप महानिरीक्षक के कहना बा कि एह लोग के गिरफ्तारो कइल जा सकेला.
  • पश्चिम चंपारण में उत्तर बिहार ग्रामीण बैंक परखौली आ सेन्ट्रल बैंक नारायणपुर शाखा के मैनेजर, कैशियर, बैंक के दलालन समेत दू दर्जन लोग पर किसान क्रेडिट कार्ड में गड़बड़ी करे का आरोप में केस दर्ज करावल गइल बा.
  • पन्द्रह नवम्बर से बिहार में पासपोर्ट खातिर मैनुअल आवेदन ना लिहल जाई. सगरी काम आनलाइन होखल करी. शुरु में ई व्यवस्था खाली पटना जिलाके आवेदकन खातिर बा. धीरे धीरे हर जिला में ई व्यवस्था कर दिहल जाई.
  • बक्सर जिला में दू गो अलग अलग घटना में दू आदमी ट्रेन का चपेटा में आके मर गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..