बिहार के खबर

(अतवार, 30 अक्टूबर)

  • भोजपुर का परूड़ारामपुर गाँव में एगो घर के दिवाल गिरला से एगो आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन.
  • राज्य खाद्य निगम से कवनो डीलर के अगर सड़ल खाद्यान्न के आपूर्ति भइल त अधिकारियन पर कार्रवाई होखी, कहलन खाद्य आ उपभोक्ता विभाग के मंत्री श्याम रजक. आ कहलन कि हर गोदाम पर इलेक्ट्रानिक तराजू लगावल जाई.
  • अतवार का दिने नहाय खाय का साथे चार दिन के छठ व्रत के शुरूआत हो गइल बा. काल्हु खरना ह. औरंगाबाद के देव में सूर्य मंदिर पर मेला शुरू हो गइल बा.
  • पश्चिम चंपारण के सियरही गाँव में जिन्दा कारतूसन का साथ दू गो ‌‌औरतन के पकड़ के गाँव वाले पुलिस के हवाले कर दिहलन.
  • सिवान शहर के सोनार टोली में एगो बिआहल औरत के लाश मिलला का बाद ओकरा पति के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. औरत के नईहर मीरगंज रहल आ कवनो बात पर नाराज हो के ओकर पति गला दबा के हत्या कर दिहलसि.
  • छपरा सोनपुर रेलखंड पर पचपटिया गाँव का लगे साबरमति एक्सप्रेस से कटा के अतवार का दिने दू गो औरतन के मौत हो गइल.
  • राज्य के सतासी हजार छह सौ तेईस परिवारन के रेडियो खरीदे खातिर राज्य सरकार चार सौ रुपिया दी जवना से ओ लोग शिविर में रेडियो खरीदी.
  • नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के चिट्ठी लिखले बाड़न कि दिल्ली में रहे वाला लाखों लोग के पर्व छठ पर्व का मौका पर सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल जाव.
  • पूर्वी चंपारण के सुगौली इलाका के बरगामा पंचायत के सरपंच संगीता देवी के मौत शनिचर का दिने मोटर साइकिल से गिरला का चलते हो गइल.
  • छपरा के आमी गाँव में शनिचर का दिने मालती देवी नाम के एगो औरत के मौत गंगा में नहात घरी डूबला से हो गइल.
  • डेहरी आन सोन स्टेशन का लगे शुक का रात पुलिस नौ गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ बैंक लूटे के योजना बनावत रहले
  • पटना के प्रसिद्घ संस्थान सुपर-30 के संस्थापक आनंद कुमार कतर के राजधानी दोहा में शिक्षा पर आयोजित सम्मेलन ‘वर्ल्ड इनोवेशन समिट फॉर एजुकेशन’ में व्याख्यान दीहें.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी एह साल छठ पर्व पटना में ना मना के अपना पति आ सांसद लालू प्रसाद के दिल्ली वाला सरकारी आवास पर मनइहें. अबही ले हर साल ऊ पटना में अपना सरकारी आवास पर छठ मनावत रही.
  • बकरीद के छूट्टी अब सात नवम्बर के दिहल जाई. पहिले ई छह नवम्बर के होखे वाला रहे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।