(बुध, 30 नवंबर)
- सोनपुर मेला में भईंसियन के फैशन परेड
मनोज पाठकपटना, 29 नवंबर (आईएएनएस)|. अब ले रउरा फैशन परेड में मरदे भा मेहरारुवने के बिल्ली चाल चलत देखले सुनले होखब बाकिर अबकी बिहार का मशहूर सोनपुर मेला में सजल धजल भईंसियन के फैशल परेड दर्शकन के ताली जम के बिटोरसलि. एह फैशन परेड में करीब 100 भईँस अपना मालिकन का साथे एगो बड़हन मंच पर बिल्ली चाल कैटवॉक कइली सँ. रंग बिरंगा चादरन से सजावल, सींग पर लाल पियर फीता बन्हवले एह भईंसियन के मंच पर उतारल गइल आ ऊ मीठ मीठ संगीत धुन पर मंच पर मचलत चलली सँ.
एहबिल्ली चाल से ‘भईंस का आगे बीन बजाये, भईंस बैठि पगुराए’ जइसन कहावतो गलत साबित हो गइल आ भईंसिया सब अपना मालिक का साथे शांति से मंच पर चलली सँ. एह फैशन परेड में पटना, सोनपुर, सीतामढ़ी, राघोपुर, जहानाबाद समेत कई इलाका के भईंस शामिल भइली सँ. परेड का बाद जज लोग के फैसला से अशोक सिंह के मुर्रा नस्ल के भईंस के पहिला पुरस्कार, जहानाबाद वाली के दुसरका आ राघोपुर के भईंस के तिसरका इनाम दिहल गइल. जज का भूमिका में सोनपुर के प्रखंड पशुपालन पदाधिकारी डॉ़ रमेशो कुमार मौजूद रहलें.
एह फैशन परेड के आयोजन सामुदायिक पुलिस कइलसि. संयोजक राजीव मुनमुन कहलें कि पशु मेला खातिर मशहुर सोनपुर मेला में अब पशुवन के संख्या साले साल घटल जात बा. एह परेड से पशु मालिकन के आकर्षित करे के योजना बा. फैशन परेड के आयोजनकर्ता निर्भय कुमार बतवले कि हर साल अइसन आयोजन कइल जाई.
कातिक पुरनमासी से एक महीना लागे ले चले वाला एह सोनपुर मेले में देश-विदेश के लाखों पर्यटक पहुंचेलें.
स्रोत इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.
- मधुबनी जिला के न्यायालय परिसर से पुलिस एगो पाकिस्तानी नागरिक के गिरफ्तार कर लिहलसि, ओकर बेटा पिछला एक साल से मधुबनी जेल में बंद बा.
- राजगीर से सारनाथ जाये वाली बुद्ध पूणिमा एक्सप्रेस के पार्सल डिब्बा में मंगल देर रात अचके में आग लाग गइल जब ऊ राजगीर स्टेशन पर खाड़ रहुवे. केहु के मरला घवाहिल भइला के खबर नइखे.
0 Comments