(बियफे, 1 दिसंबर)
- मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार में खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के मंजूरी ना दिहल जाई.
- बिहार में भारत बंद के असर मिलल जुलल रहल. आजु खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के खिलाफ भारत बंद के गोहार सगरी विपक्ष लगवले रहुवे.
- पूर्वी चंपारण के विष्णुपुर गाँव से एगो नक्सली विजय प्रसाद के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- पश्चिमी चंपारण के निरभईया गाँव का नियरा चंडौल निवासी जनक यादव के कुछ अपराधी हत्या कर दिहलें,
- मधुबनी जिला के लोकहा विधानसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में काल्हु पचपन फीसदी मतदान भइल. कतहीं कवनो अप्रिय घटना ना घटल. वोट के गिनती चार दिसंबर के करावल जाई.
- आजु से जाति आय आ आवास के प्रमाण पत्र बनावे खातिर आनलाइन आवेदन सुविधा शुरू हो जाई. आवेदक कवनो साइबर कैफे भा बसुधा केन्द्र में जा के आपन आवेदन आनलाइन जमा करा सकीहें.
- विधानसभा के शीतकालीन सत्र काल्हु से शुरू होखी. एह सत्र में साल एगारह बारह के दुसरका अनुपूरक व्यय विवरणी पेश कइल जाई आ कुछ विधेयक प्रस्तुत कइल जाई.
- छपरा के भिखारी ठाकुर चौक पर काल्हु एगो डम्पर का चोट से तेलपा गाँव के मोगली राय के मौत हो गइल जवना का बाद गाँव के लोग लाश रख के घंटनो छपरा पटना मुख्य सड़क जाम कइल.
- बेतिया छावनी मार्ग पर एगो सड़क दुर्घटना में एगो लड़िका वतन कुमार के मौत हो गइल.
- सिवान जिला अदालत टुनटुन प्रसाद के चार साल के सश्रम जेल के सजा सुनवलसि. टुनटुन अपना बाप के हत्या कर दिहले रहुवे.
- जयपुर से अगवा भइल एगो युवक के सासाराम स्टेशन से पुलिस बरामद कर लिहलसि.
0 Comments