(सोमार 12 सितम्बर)
- भारत में नेपाली माओवादियन के सजा मिलला पर नेपाल में हलचल हो गइल बा. पिछला हफ्ता पटना उच्च न्यायालय नेपाल के पूर्व माओवादी मंत्री समेत छह गो सांसदन आ पार्टी के बड़का पदाधिकारियन के उनुका गैरमौजूदगी में दू से छह साल के सजा सुनवलसि आ सात लाख भारतीय रुपिया के जुर्माना तक लगा दिहलसि. अब माओवादी नेता नेपाल के प्रधानमंत्री से एह मामिला में जबाब माँगत बाड़े. मामिला ई ह कि माओवादियन के 10 साल ले चलल ‘जनयुद्ध’ का दौरान बहुते माओवादी नेताओं भारत में शरण लिहले रहले. ओही में से एगारह गो माओवादियन के बिहार पुलिस एगो होटल से गिरफ्तार कइले रहे. बाद में जब नेपाल में माओवादी सरकार बनल त ओह सरकार के कहना पर भारत में बंदी नेपाली माओवादियन के रिहा कर दिहल गइल रहे. बाकिर बिहार में गिरफ्तार एह नेतवन पर भारत का संप्रभुता के नुकसान करे वाला काम करे के मुकदमा में ई सजा सुनावल गइल बा.
- जयपुर के राजस्थान कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग फॉर वुमेन के छात्रा सौम्या, जे पटना के रहल, के संदेह उपजावत हालात में मरला का बाद घर वाले मामिला के सीबीआई से जाँच करवावे के माँग कइले बाड़े.
- गया जिला के अनुग्रह नारायण मेडिकल कॉलेज अस्पताल में एंसेफ्लाइटिस से बचवन के मौत के सिलसिला जारी बा.
- रोहतास जिला में शनिचर का दिने पुलिस हिरासत भइल की मौत का बाद थाना प्रभारी समेत तीन गो सिपाहियन के निलंबित कर दिहल गइल बा.
- सोन नदी में शनिचर के अचानक आइल बाढ़ में फंसल 600 लोग के सासाराम में सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा. बचाव आ राहत के काम जारी बा.
- सारण जिला के मांझी आ दाउदपुर थाना के सीमा का लगे ताजपुर-एकमा सड़क का किनारे छनवा गांव का लगे दू गो नवजवानन के लाश मिलल बा. पुलिस के कहना बा कि कहीं दोसरा जगहा गला दबा के मार दिहला का बाद लाश एहिजा फेंकल गइल बा.


0 Comments