बिहार के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर)

  • आरा सदर अस्पताल के तीन गो नर्सन के शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल जब स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी चौबे का दौरा घरी कुछ परिजन ओह लोग का खिलाफ घूस लेबे के शिकायत कइलें. अस्पताल के चिकित्सिका मधुबाला सिन्हा आ दू गो अउरियो नर्सन के निलंबित कर दिहल गइल.
  • सिवान के हुसैनगंज प्रखण्ड में बीस सूत्री बइठक में प्रखण्ड विकास पदाधिकारी के गैर हाजिर रहला से नाराज सदस्य मौजूद अधिकारियन के ताला में बंद कर के धरना पर बइठ गइलन.
  • कैमूर के मोहनिया से अगवा एगो लड़िका अपना अपहरण करे वालन का चंगुल से डेहरी से भाग निकलल आ पुलिस का लगे चहुँपल जवना का बाद ओकरा के ओकरा परिवार का लगे चहुँपा दिहल गइल.
  • पाँच गो बइठक कर के विधानसभा के सत्र काल्हु शुक का दिने पूरा हो गइल. एह सत्र में लोकायुक्त विधेयक, चालू लेखा साल के अनुपूरक बजट समेत कई गो विधायी कार्य निपटावल गइल.
  • विधानसभा में एगो सवाल का जबाब में स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे बतवलें कि राज्य से पोलियो के खात्मा हो चुकल बा आ पिछला साल अक्टूबर का बाद से अबहीले पोलियो के कवनो केस सामने नइखे आइल.
  • छपरा में शुक का दिने तीन दिन के कबड्डी प्रतियोगिता शुरू हो गइल जवना में पुर्व मध्य रेलवे, पटना, बेगूसराय, बक्सर आ सीतामढ़ी के टीम आपन आपन मैच जीत के अगिला दौर में चल गइल लोग.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।