बिहार के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर)

  • बिहार में गन्ना के दाम में हर क्विंटल पर बीस रुपिया के बढ़ोतरी मिल मालिकन से बतिया के सरकार कर दिहलसि. गन्ना मंत्री अवधेश कुशवाहा कहले बाड़न कि बंद चीनी मिलन के चालू करावे के भरसक कोशिश कइल जा रहल बा.
  • समूचा राज्य में जाड़ा आ कुहासा से जनजीवन अस्तव्यस्त होखे लागल बा. काल्हु बक्सर में तीन लोग जाड़ा का चलते मर गइलें.
  • छपरा में भइल कबड्डी प्रतियोगिता के फाइनल में महिला समूह में बेगूसराय बक्सर के पाँच अंक से हरवलसि आ पुरुष समूह में पूर्व मध्य रेलवे बक्सर के नौ अंक से हरा दिहलसि.
  • बक्सर जिला के रबानी गाँव में घरेलू विवाद में एगो आदमी खुदकुशी कर लिहलसि.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।