बिहार के खबर

(सोमार, 12 दिसम्बर)

  • बिहार से राज्य सभा के एगो सीट खातिर होखे वाला उपचुनाव में अकेले साबिर अली आपन परचा दाखिल कइले बाड़न आ परचा के जाँच का बाद उनुकर चुनाइल तय बा. साबिर अली जदयू के उम्मीदवार बाड़ें. एकरा पहिले ऊ लोजपा में रहलें आ पार्टी छोड़ के जदयू में शामिल भइल रहले. उनुके इस्तीफा का चलते ई सीट खाली भइल रहुवे.
  • जमुई में नक्सली ओह सात गो मजदूरन के रिहा कर दिहले जिनका के तीन दिन पहिले उठा ले गइल रहलें.
  • रोहतास जिला के काराकाट इलाका के अमौड़ा गाँव में कूड़ा फेंके खातिर भइल झगड़ा में एगो लड़िकी के गोली मार दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।