बिहार के खबर

(शुक, 16 दिसंबर)

  • कड़ाका के सर्दी पड़ला का चलते लोग के रुटीन खराब हो गइल बा. शनिचर से नर्सरी से लिहले यूकेजी तकले के स्कूलन के बंद करे के आदेश दे दिहल गइल बा. आजु एह मौसम के सबले ठण्डा दिन बा.
  • पूर्वी चम्पारण के पताही इलाका से पुलिस दू गो मेहरारूवन समेत छह आदमी के नक्सली होखे का शक में गिरफ्तार कइलसि. ओकनी का लगे से हथियारो बरामद भइल बा.
  • दिवंगत रेल मंत्री ललित नारायण मिश्रा के बम हमला से हत्या करे का मामिला के रद्द करे के मांग करत आरोपी रंजन के याचिका पर सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने सीबीआई के नोटिस जारी कइलसि.
  • महाबोधि एक्सप्रेस के वातानुकूलित बोगी में गया रेलवे स्टेशन के यार्ड में साफ-सफाई का दौरान आग लाग गइल.
  • अतवार का दिने होखे वाला सचिवालय सहायक परीक्षा में कदाचार रोके के पूरा इन्तजाम रही. परीक्षा के वीडियोग्राफी करावल जाई आ दोसरा का बदला इम्तिहान देत आदमी के जेल भेज दिहल जाई.
  • बक्सर जिला के मनोहरपुर सड़क पर एगो जीप के पलटला से एक आदमी के मौत हो गइल आ तीन आदमी घवाहिल हो गइल.
  • पश्चिमी चंपारण में छापेमारी चला के गैरकानूनी शराब का साथे आधा दर्जन लोग के पकड़ल गइल.
  • सिवान जिला के दू गो ग्रामीण प्रसार कार्यकर्ता का खिलाफ फर्जी नियुक्ति के मामिला दर्ज करावे के आदेश जिलाधिकारी दिहले बाड़े.
  • राज्यसभा उपचुनाव में जदयू उम्मीदवार साबिर अली निर्विरोध चुना गइलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।