बिहार के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर)

  • कैमूर जिला के चांद थाना इलाका में जंगल से भटक के बसगित में आइल एगो तेंदुआ के हमला से एगो औरत समेत तीन गो लोग घवाहिल हो गइल.
  • समस्तीपुर जिला के ताजपुर थाना क्षेत्र में एगो औरत अपना दू गो मासूम बचवन समेत जान दे दिहलसि.
  • राजगीर में चलत जदयू के विधानमंडल दल शिविर के समापन आजु हो गइल. समापन भाषण में नीतीश कुमार कहलन कि विधायक लोग विकास खातिर भइल काम का बारे में जानकारी अपना इलाका में गांवे गांवे चहुँपावे.
  • राजद के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र पूर्वे का अध्यक्षता में सोमार का दिने पार्टी के सगरी प्रकोष्ठन के प्रदेश अध्यक्षन के बइठका भइल जवना में पार्टी अपना संगठन आ आन्दोलन के पहलू पर चरचा कइलसि. मंगल का दिने पटना में अति पिछड़ा समाज पर होखत तथाकथित शोषण आ अपराध का खिलाफ एक दिन के धरना करे के फैसला भइल.
  • अगिला साल होखे वाला नगर निकाय चुनावन खातिर मतदाता सूची में संशोधन के काम जनवरी के दुसरा हफ्ता से शुरू कर दिहल जाई. चुनाव के अधिसूचना सोलह अप्रेल के जारी होखी. आ मतदान सोलह मई के करावल जाई. दु गो से अधिका बच्चा पैदा करे वाला लोग एह चुनाव में खड़ा ना हो पाई.
  • सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद शिक्षकन के बहाली में ओह लोग से शपथ पत्र भरवावल जाई कि अगर आगा चलि के ओह लोग के प्रमाण पत्र फर्जी साबित होखत बा त ओह लोग के नौकरी खतम कर दिहल जाई आ ओह लोग पर मुकदमो चलावल जाई.
  • बोधगया में बत्तीसवाँ कालचक्र पूजा अठाइस तारीख से शुरू होखी जवना में बौद्ध धर्मगुरू दलाईलामा शामिल होखीहें. पूजा में शामिल होखे खातिर दुनिया भर से बौद्ध धर्मावलंबियन के आवल शुरू हो चुकल बा.
  • मोतिहारी के चनवारी चौक से चार गो अपराधियन के असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • सिवान के सरैया मोड़ से एगो आदमी से पचास हजार रूपिया लूट लिहल गइल.
  • आजु सबेरे से निकलल धूप का चलते जाड़ा में तनिका राहत मिलल बा. बाकिर प्रदेश अबहियो कड़ाका के जाड़ा काटत बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।