बिहार के खबर

(बुध, 28 दिसंबर)

  • सुशील मोदी किसानन से कहले बाड़न कि अपना धान के बढ़िया से सुखा के तब बेचे खातिर ले आवे लोग. ओद धान जवना में नमी सत्रह फीसदी से बेसी होखे पैक्स नइखन खरीदत. एक क्विंटल धान में जवन अड़सठ किलो चाउर निकलेला तवने के दाम दिहल जा ता.
  • डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के रोलेक्स घड़ी जवन जिनेवा में नीलाम होखे वाला रहे के देश में ले आवे के कोशिश केन्द्र सरकार करत बिया. मनमोहन सिंह नीतीश के चिट्टी लिख के ई बाति बतवले बाड़न कि सरकार का प्रयास का चलते घड़ी के नीलामी रोक दिहल गइल.
  • पटना में एगो नया तरह के राडार काम करे लागल बा जवना से पाँच सौ किलोमीटर का दायरा में मौसम से जुड़ल जानकारी बिटोरल जा सकेला. तूफान आवे से पहिलही पता चल जाई आ डेढ़ सौ किलोमीटर का दायरा में पड़ल बरखो के जानकारी मिल जाई.
  • कैमूर जिला के सिविल सर्जन रहल डाक्टर उचित मंडल पर सात करोड़ रुपिया गबन करे के आरोप लागल बा. डा॰ मंडल आजुकाल्हु पटना में मलेरिया विभाग में पदस्थापित बाड़े.
  • बक्सर के नैनीजोर गाँव में एगो आदमी अपना चचेरा भाई के गोली मार के हत्या कर दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।