बिहार के नियोजित शिक्षकन के तनखाह में तीन हजार बढ़वलस नीतीश सरकार

आजु पटना के गाँधी मैदान में झंडा फहरवला का बाद भाषण देत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिलवावे में उ अबहियों लागल बाड़ें. पिछला दिने पूँछ में भइल पाकिस्तानी हमला में मराइल हिन्दुस्तानी सैनिकन के, एह पाँच गो में से चार हगो बिहार के रहले, श्रद्धांजलि दिहले. एह बारे में नीतीश सरकार के तीन गो मंत्रियन के बेहूदा बयान से सरकार क बहुते किरकिरी भइल रहुवे. अपना भाषण में नीतीश कुमार बतलवले कि नियोजित शिक्षकन के तनखाह में तीन हजार रुपिया के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।