बिहार के पूत ‘निरहुआ’

सिनेमा भोजपुरी में कई एक जुबिली फिलिम देबे वाला अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ अपना अगिला फिलिम ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में एगो बिहारी नवही के किरदार में बाड़े. फिलिम में बिहार के पूत वाला निरहुआ के रूप दर्शकन के बिहार के नवहियन के बेंवत के अहसास कराई.

‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में निरहुआ संगे सिनेमा भोजपुरी के दू गो हसीन अदाकारा बाड़ी अक्षरा सिंह आ अंजना सिंह. निरहुआ दुनु से रोमांस करत नजर अइहें. साथही उनकर एक से बढ़ के एक एक्शन देखे के मिली. निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा.

‘एक बिहारी सौ पे भारी’ के रिलीज एही महीना होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..