बिहार के बजट पेश ८७६९ करोड़ के घाटा

बियफे का दिने बिहार के साल १३ १४ के बजट पेश कइलें वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी. एह बजट में सबले अधिका खरचा पढ़ाई पर राखल गइल बा जवन कुल खरचा के १५.२९ फीसदी बा. सड़क पर १२.४५ फीसदी, जल संसाधन पर ७.१ फीसदी, आ खेती पर ६.४ फीसदी के खरचा करी बिहार सरकार. इहो कहलन कि पटना में एगो साइंस सिटी खोलल जाई.
एह बजट में औरतन के माली हालत मजबूत बनावे खातिर प्रावधान कइल गइल बा कि ड्राइविंग लाइसेंस राखे वाली औरत अगर कवनो व्यावसायिक वाहन खरीदीहें त उनुका कवनो रोड टैक्स ना देबे के पड़ी. हालांकि एह बजट में व्यावसायिक वाहन पर लागे वाला टैक्स बहुते बढ़ा दिहल गइल बा, कुछ मामिला में २८ फीसदी ले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।