बिहार के बजट में फेर विधायक निधि शुरु हो गइल हाथ घुमा के

बिहार के विधायक निधि बहुते हल्ला कर के हटावल गइल रहे कि एहसे भ्रष्टाचार पसरत रहे. बाकिर कहल गइल बा कि चोर चोरी से जाई त जाई तुंम्बाफेरी से ना जाई. अब ओहि तरह के योजना फेर शुरु हो रहल बा. आजु पेश बजट में छह सौ चौवालिस करोड़ रुपिया विधायक लोग के मनपसन्द योजना चलावे खातिर राखल गइल बा. योजना के नाम बा मुख्यमंत्री क्षेत्र विकास योजना. आजु के पैंसठ हजार तीन सौ पच्चीस करोड़ रुपिया के बजट में सताइस हजार पाँच सौ दू करोड़ रुपया योजना पर खर्च होखी. धान, चाउर, आटा, सूज्जी, मैदा, गेंहू वगैरह पर से कर हटा के विलासिता के सामान पर वैट बढ़ा दिहल गइल बा. घर का बाहर आयोजित होखे वाला कवनो समारोह पर दस फीसदी विलासिता कर लागी. बड़का व्यापारियन खातिर ई फाईलिंग अनिवार्य बना दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..