बिहार के बेपानी करे पर भिड़ल बा उत्तर प्रदेश

रिहंद जलाशय से बेसी पानी छोड़े के बिहार सरकार के निहोरा नकारत उत्तरप्रदेश साफ कर दिहले बा कि जतना दिहल जा रहल बा ओकरा से एक बूंद बेसी पानी ना दिहल जाई. ओने बिहार सरकार अपना किसानन के दुर्दशा देख परेशान बिया. रिहंद जलाशय के बेंवत ८८० फीट पानी के बा जबकि ओहिजा ८४३ फीट पानी बा. बिहार के सोन नहर प्रणाली पर एहसे बहुते खराब असर पड़ल बा आ रोहतास, कैमूर, बक्सर, भोजपुर, औरंगाबाद, अरवल, जहानाबाद, आ पटना जिला के खेत सिंचाई बिना बरबाद होखे का कगार पर बा. यूपी का इन्कार का बाद ओह खेतन के रबी फसल बचावल मुश्किल हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..