बिहार के बेपानी करे पर भिड़ल बा उत्तर प्रदेश

रिहंद जलाशय से बेसी पानी छोड़े के बिहार सरकार के निहोरा नकारत उत्तरप्रदेश साफ कर दिहले बा कि जतना दिहल जा रहल बा ओकरा से एक बूंद बेसी पानी ना दिहल जाई. ओने बिहार सरकार अपना किसानन के दुर्दशा देख परेशान बिया. रिहंद जलाशय के बेंवत ८८० फीट पानी के बा जबकि ओहिजा ८४३ फीट पानी बा. बिहार के सोन नहर प्रणाली पर एहसे बहुते खराब असर पड़ल बा आ रोहतास, कैमूर, बक्सर, भोजपुर, औरंगाबाद, अरवल, जहानाबाद, आ पटना जिला के खेत सिंचाई बिना बरबाद होखे का कगार पर बा. यूपी का इन्कार का बाद ओह खेतन के रबी फसल बचावल मुश्किल हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।