बिहार के मंत्री आ सरकारी अधिकारी अपना संपत्ति के जानकारी दीहें

बिहार विधानमण्डल के दुनु सदन में राज्यपाल के अभिभाषण पर बहस के जवाब देत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि अबसे हर साल मंत्री आ सरकारी अधिकारी अपना संपत्ति के जानकारी सार्वजनिक करत रहीहें. खुद नीतीशो इहे करे के कहले बाड़न. हाल में भइल चुनाव में नीतीश के एगो मुख्य मुद्दा भ्रष्टाचार से लड़ला के रहत रहे. इहो कहलन कि सरकारी कार्यालयन से भ्रष्टाचार हटावे खातिर “लोकसेवा के अधिकार” कानून बनावल जा रहल बा जवना का बाद अधिकारी कवनो मामिला में फैसला लेबे में टालमटोल ना कर पइहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।