बिहार के मिले वाला केन्द्रीय धन दुगुना कर दिहल गइल

काल्हु दिल्ली में आर्थिक मामिला के मंत्रिमंडलीय समिति के बइठक प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं का अध्यक्षता में भइल जवना में बिहार के मिले वाली केन्द्रीय राशि एह साल दू हजार करोड़ रुपिया कर दिहल गइल. ई राशि पिछड़ा क्षेत्र अनुदान कोष से दिहल जाई. अबहीं सालाना एक हजार करोड़ रुपिया मिलत रहल हा. बाकिर उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के कहना बा कि एह राशि के बिहार खातिर विशेष पैकेज के माँग से कवनो संबंध नइखे आ विशेष पैकेज के मांग जारी रही. १९ जनवरी के केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रनव मुखर्जी का साथे होखे वाला वित्त मंत्रियन के बइठक में फेर उठावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..