बिहार के मुख्यमंत्री व्यापारियन के कालाबाजारी करत रहे के कहले

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी व्यापारियन के एगो सभा में कहलन कि उनुका मालूम बा कि छोटका व्यापारी आपन घर चलावे आ बाल बच्चा के बढ़िया स्कूल में पढ़ावे खातिर कालबाजारी करेलें. से कहले कि टरला के कवनो जरूरत नइखे. राज्य सरकार ओह लोग ला मुलायम रही.

जबले लोग जीतन माँझी के बयान से उबरीत तबले बिहार के कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह कह दिहलें कि देश के हर आदमी का लगे करियका धन बा. कहलन कि हमनी किहाँ जवन लाख करोड रुपिया इन्कम टैक्स मे बिना देखावल बा अगर देखा दिहल जाव त अधिका धन टैक्से में चल जाई आ उपर से एह बात के जवाब देबे के पड़ी कि कहाँ से आइल इ रुपिया. एहसे उ केन्द्र सरकार के सलाह दिहले बाड़न कि विदेश से करिया धन जरूर ले आवल जाव बाकिर देश के करिया धन के उजर मान लिहल जाव. पूछल मत जाव कि कवना कमाई के धन ह ई आ जहिया से सामने लावल जाव ओह दिन का बादे से ओकरा पर टैक्स लागे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।