बिहार के लोग केहु पर बोझ नइखे : नीतीश

मुंबई में हालही मनावल गइल बिहार दिवस समारोह में शामिल होखे आइल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मराठी बोल के सभका के चउँका दिहलन आ एहसे राज ठाकरे क बोलती बंद हो गइल. राज ठाकरे जइसन नेता लोग के हमेशा शिकायत रहल बा कि बिहारी लोग महाराष्ट्र के संस्कृति आ भाषा के सम्मान ना देव. त अपना भाषण में मराठी बोल के नीतीश कुमार एह आरोप के धज्जी उड़ा दिहलन.

अपना भाषण में नीतीश कुमार साफ कहलन कि बिहारी केहू पर बोझ ना रहसु. जहवे जालन तहँवे अपना मेहनत लगन आ प्रतिभा के लोहा मनवा लेलन. नीतीश कुमार बिहारी भाईयन से कहलन कि मराठियन से मिलजुल के रहें आ ओह लोग से दोस्ताना संबंध राखे लोग. शिवसेना उद्धव ठाकरे के सुझाव पर नीतीश कहलन कि महाराष्ट्र के लोग शौक से बिहार आके महाराष्ट्र दिवस मनावें.

बिहार दिवस समारोह के शुरूआत मराठी गाना से भइल आ एह कार्यक्रम में लोग मशहूर सिने स्टार आ भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के गीतन के रसधारा गोता लगावल.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..