बिहार के विधायक कहलें ’प्यार मोहब्बत ज़िन्दाबाद’

VinayBihari-Pawan-and-othersमुंबई में पिछला दिने बिहार के कई विधायक ’प्यार मोहब्बत ज़िन्दाबाद’ में अभिनय कइले बाड़ें. बाबा बैद्यनाथ फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम में अनेके मंत्री, विधायक, आ मुखिया अभिनय कइले बाड़ें. एह फिलिम के पहिला झलकी पिछला दिने मुंबई मे जारी कइल गइल जवना मौका पर अभिनय करे वाला सगरी नेता मौजूद रहलें.

एह फिलिम में पाखी हेगडे आ पवन सिंह पर कुल्लू मनाली आ आगरा के ताजमहल का आसपास कई गो गाना फिलिमावल गइल बा.

आदि शक्ति एंटरटेन्मेंट(दुर्गा प्रसाद) के परोसल एह फिलिम के निर्माता निर्देशक गीतकार संगीतकार आ लेखक पाँचो विधायक विनय बिहारी खुदे बाड़न. एकर दसो गाना अबहियें से लोकप्रिय होखे लागल बा. आडियो वेव म्यूज़िकरजारी भइल बा. एकर छायांकन प्रमोद पांडेय कइले बाड़ें. फाईट मास्टर दिलीप यादव आ नृत्यगुरु कानू मुखर्जी हउवें.

मुख्य भूमिका पवन सिंह, पाखी हेगड़े, अंजना सिंह, अविनाश शाही, सुशील सिंह, सी पी भट्ट, कांति सिंह, राजन यादव, सीमा सिंह, विनय बिहारी, शाहिद शम्स, आ आनंद मोहन वगैरह के बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।