बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिहला पर विचार

प्रधानमंत्री बिहार के सांसदन के भरोसा दिअवले बाड़न कि राष्ट्रीय विकास परिषद के अगिला बईठका में बिहार के विशेष राज्य के दरजा दिहला पर विचार कइल जाई. ऊ राजग संयोजक शरद यादव का नेतृत्व में मिले आइल बिहार के सांसदन के प्रतिनिधिमण्डल से बतियावत रहलें. सांसद लोग प्रधानमंत्री के बिहार का विकास मे आ रहल बाधा आ परेशानी के जानकारी दिहल. ऊ लोग माँग कइल कि बिहार के नयका बिजलीघरन खातिर कोयला, चीनी मिलन के इथानोल बनावे के इजाजत दिहला आ प्रधानमंत्री ग्राम सड़क योजना काम में तेज ले आवे के माँग कइल. बिहार विधान सभा में सुशील मोदी केन्द्र सरकार से बिहार के विशेष राज्य के दरजा देबे के माँग दुहरवलन.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..