बिहार के विशेष राज्य के दरजा ना दिहल जा सके, कहलन मोंटेक सिंह

योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया फेरू एह बात के दोहरवले बाड़न कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा ना दिहल जा सके. काहे कि विशेष राज्य ला जरूरी शर्त बिहार पूरा ना करे. एह ला पहाड़ी भा दिक्कत वाला इलाका, आबादी के कम घनत्व, बड़हन जनजाति आबादी, पड़ोसी देशन से लागल सीमा, आ राज्य के खराब माली हालत के शर्त होला. हालांकि मोंटेक सिंह मनलन कि विकास में बिहार बहुते पीछे छूट गइल बा आ ओकर प्रति व्यक्ति आमदनी राष्ट्रीय औसत से कम बा. बिहार के अधिका आर्थिक समर्थन के जरुरतो मानत बावे योजना आयोग.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..