बिहार के सूर्य मंदिरन पर डाकटिकट

काल्हु शक का दिने बिहार के सुर्य मंदिरन पर आ फगुआ पर डाक टिकट जारी कइल गइल. नवादा में भइल डाक टिकट महोत्सव में देव, बड़गाँव, पुनयाक, ओंगारी, हड़िया, उल्लार, कंदाहा, उमगा, आ सूर्य कुंड मंदिर पर डाक टिकट जारी कइल गइल. जारी कइलन बिहार परिमंडल के निदेशक अनिल कुमार. कहलन कि जल्दिए योजना शुरू होखी जवना में केहू अपनो पर डाक टिकट जारी करवा पाई.

एहिजा याद दिआवल जा सकेला कि कुछ साल पहिले अइसनके योजना में नीदरलैंड से मनोज तिवारी के फोटो वाल डाकटिकट जारी भइल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।