बिहार के स्वास्थ्य मंत्री के धमकी

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे के सोमार का दिने मोबाइल से संदेश भेज के धमकी दिहल गइल बा कि चौबीस घंटा का भीतर बीस लाख रुपिया दे दऽ ना त जान से मार दिहल जाई. एक घंटा का भितरे दू गो अलग अलग मोबाइल नम्बर से उनुका के धमकी वाला संदेश भेजल गइल बा. स्वास्थ्य मंत्री एह बाति के जानकारी तुरते डीजीपी आ एस एस पी के दे दिहले जवना का बाद पुलिस तहकीकात में लागल बिया. अबही ले धमकी देबे वाला के पता नइखे लागल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..