बिहार के स्वास्थ्य सेवा ठप्प पड़ल

गया मेडिकल कालेज में राजद विधायक सुरेंद्र प्रसाद यादव के अंगरक्षकन के चलावल गोली से घवाहिल तीन गो जूनियर डाक्टरन पर भइल अत्याचार का खिलाफ बिहार के सगरी जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइल बाड़न जवना से सगरी मेडिकल कालेजन में चिकित्सा सेवा ठप पड़ गइल बा. डाक्टर ओह विधायक के गिरफ्तारी के माँग कर रहल बाड़े. ओने पुलिस गया के हड़ताली जूनियर डाक्टरन पर कई गो मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया जबकि विधायक के अता पता नइखे. सीनियर डाक्टर जूनयिरन से हड़ताल रोक के सरकार के कुछ दिन के समय देबे के सलाह दिहले बाड़न आ स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कहले बाड़न कि एक आदमी के गलती के सजाय सगरी जनता के जन दिहल जाव. एही बीचे गिरफ्तार पुलिस वालन के समर्थन में पुलिस एसोसिएशन हड़ताल पर जाये के धमकी दिहले बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।