बिहार चुनाव चर्चा

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के मतदान २१ तारीख के होखे जा रहल बा आ एकरा खातिर सगरी दल जोर शोर से प्रचार का काम में लागल बाड़े. सोनिया गाँधी आजु कटिहार आ मोतिहारी में चुनाव प्रचार करे आइल बाड़ी. अपना भाषण में उहो बिहार सरकार पर आरोप लगवली कि केन्द्र से मिलल करोड़ो रुपिया कहाँ खरच भइल से बिहार सरकार बतलावत नइखे. कहली कि केन्द्र बिहार में मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले खातिर आपन हँ दे दिहले बिया बाकिर बिहार सरकार आजु ले जमीन के इन्तजाम नइखे कर पवले.

टटका खबर

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।