बिहार : छपरा में हत्या, गोपालगंज में उप मुखिया गिरफ्तार

शनिचर का दिने छपरा जिला के गरखा थाना के हाकमा गाँव में आॡशि झगड़ा में सतरह साल के चंदन कुमार राय के हत्या कर दिहल गइल. हत्या करे वाला दबंगन का खिलाफ केहू मुँह खोले के तइयार नइखे आ पुलिस आरोपितन के गिरफ्तारी करे ला छापामारी करत बिया.
शुक का दिने बड़की तेलपा नयी बस्ती का लगे पिंटू सिंह के गोली मार के हत्या करे वाला विनय पाठक के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

गोपालगंज के मुहम्मदपुर निलामी पंचायत के उपमुखिया जितेन्द्र सिंह के पुलिस रंगदारी माँगे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहलसि. जितेन्द्र पर आरोप बा कि ऊ मुखिया उपेन्द्र तिवारी से रंगदारी माँगत रहलें.

एगो दोसरा खबर में बदनाम अपराधी नूरैन मियाँ के शुक के देर रात गोपालगंज टीसन का लगे से गिरफ्तार कर लिहल गइल.
कैमूर के मोहनिया में मरद मेहरारू का झगड़ा में दुनु आत्महत्या कर लिहले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..