बिहार दिवस पर रवि किशन बधाई दिहले

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन बिहार के मुख्य मंत्री नीतीश कुमार अउर सगरी बिहार वासियन के बधाई दिहले बाड़न. अपना सन्देश में रवि किशन लिखले बाड़न कि बिहार से उनुकर पुरान नाता रहल बा आ ऊ बदलत बिहार के बहुते नजदीक से देखले बाड़न. लिखले बाड़न कि ई सबकुछ भइल बा नीतीश कुमार का चलते. आगे कहले बाड़न कि आजुवे का दिन पिछला साल पटना के गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के गवाह बनल रहले आ लोग के जोश देख के उनुका लागल रहे कि सभे नीतीश कुमार का नेतृत्व में आगा बढ़े के उतावला बा. एह साल के बिहार दिवस समारोह में भाग ना ले पइला के उनुका दुख बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।