बिहार भाजपा पर नीतीश के राजनीति तमाशा शुरू करवलसि

दरभंगा जिला के हायाघाट से भाजपा विधायक अमरनाथ गामी सुशील कुमार मोदी का खिलाफ अतना बयानबाजी कइलन कि भाजपा उनुका के निलंबित कर दिहलसि. गामी का साथे जाले के विजय कुमार मिश्र, मोहिउद्दीन नगर के राणा गंगेश्वर सिंह, कुशेश्वरस्थान के शशिभूषण हजारी, गायघाट के वीणा देवी, चिरैया के अवनीश कुमार सिंह समेत कुछ अउर विधायक जा सकेलें. अइसनके विधायकन का डर से भाजपा विश्वासमत पर मतदान ना करवलसि. हालांकि एह कलह के पैदा करे वाला खुद सुशीले मोदी रहलन जे नीतीश से मिल के अपना मन मरजी से काम करत करावत रहलें, जवन भाजपा मंत्री बढ़िया काम करे तवना पर अंकुशा लागे लागे. बाकिर सत्ता से निकलते सुशील मोदी नीतीश का खिलाफ कड़ेर बोलल शुरू कर दिहले बाड़न आ एह पलटीमार बेवहार से बहुते लोग नाराज बा. सुशील मोदी का व्यवहार का चलते भाजपा के एगो बड़हन तबका असतुष्ट बा जे पार्टी हित के धेयान राखत जहर के घूँट पी के सब कुछ बरदाश्त करत बा. बाकिर भाजपा एह कलह के दोष नीतीश के राजनीति पर लगावत बिया जवना के हवा एहू से मिलत बा कि कुछ विधायक खुले आम नरेन्द्र मोदी के खिलाफत आ नीतीश कुमार के समर्थन करत बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।