बिहार में अउरी कड़ेर शराबबन्दी कानून लागू कइलन नीतीश कुमार

बिहार सरकार अतवार का दिने फेरु शराबबन्दी लागू क दिहलसि. पिछला कानून के पटना हाई कोर्ट गैरकानूनी बतावत रद क दीहले रहुवे. बाकिर जिदियाइल नीतीश कुमार पिछलको ले कड़ा कानून लागू करे वाला दोसर अध्यादेश जारी करा दिहलन. सरकार के एह फैसला के राज्य के विरोधी दल निन्दा कइले बाड़ें आ कानून में बदलाव करे के गोहार लगवले बाड़न. नयका कानून में शराब पीयले ना, एकर बोतलो राखे वालन के जेल भेजे के प्रावधान बा. घर के एको सवाँग अगर पकड़इलें त पूरा परिवार के सयान लोगन के जेल भेज दीहल जाई.
————
namo-inaugurated-pravasibhawan-at-delhiनई दिल्ली में आजु प्रवासी भारतीय केन्द्र के उद्घाटन करत पीएम नरेन्द्र मोदी कहलन कि भारत मानवता के आपन मुख्य प्रेरणा मानेला आ पुरा दुनिया एह बात के सकारेला. भारत कबो कवनो देश पर हमला नइखे कइले आ ना ही दोसरा कवनो देश के जमीन हड़पल चहले बा. हँ, दोसरा खातिर लड़े में आपन बलिदान देबे में हमेशा आगा जरुर रहल बा.
————
आजु भारत जलवायु परिवर्तन पर ऐतिहासिक पेरिस समझौता के सकार लिहलसि. संयुक्त राष्ट्र में भारत के स्थायी प्रतिनिधि सईद अकबरुद्दीन एह बारे में राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के हस्ताक्षर कइल कागजात न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र के सउँप दिहलन. संयुक्त राष्ट्र के महासचिव बान की मून भारत के नेतृत्व के सराहत कहलन कि एह समझौता के सकारे वाला भारत के फैसला बहुते खास बात बा. एह समझौता के मकसद ग्‍लोबल वार्मिंग रोके खातिर ग्रीन हाउस गैसन के निकलल कम कइल बा. अमरीका आ चीनो कुछ दिन पहिलहीं एह समझौता के मान लिहले बाड़ें. 55 गो देश जब एकरा के मान लीहें तब एकरा के लागू क दीहल जाई.
————
नेपाल अतवार का दिने कहलसि कि शांति आ स्‍थायित्‍व ला जरुरी बा कि सार्क के सदस्‍य देश तय क लेस कि उनका जमीन के इस्तेमाल सीमापार फसाद खातिर ना करे दीहल जाई. नेपाल सार्क के मौजूदा अध्‍यक्ष हवे. नवम्बर में होखे वाला सार्क शिखर सम्मेलन में शामिल होखे से भारत समेत पाँच गो देशन के मुकर गइला का बाद ई बयान आइल बा. इस्‍लामाबाद में होखे वाला सार्क सम्‍मेलन रद हो गइल बा.
————
अतवार का दिने भइल खेल में कोलकाता के ईडन गार्डन्‍स में खेल खतम होखे का बेरा ले भारत अपना दूसरका पारी में आठ विकेट का नुकसान पर 227 रन बना लिहले रहुवे. भारत के अब न्‍यूजीलैंड पर कुल 339 रन के बढ़त हासिल हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।