बिहार में अपहरण उद्योग के वापसी

नीतीश सरकार का लाख चहला का बावजूद लागत बा कि बिहार में अपहरण उद्योग फेर पनपे लागल बा. पिछला नब्बे दिन में बीस गो अपहरण के घटना भइल बा.सोमार का दिने एही कड़ी में सीतामढ़ी जिला के सोनबरसा पीएचसी पर तैनात संविदा चिकित्सक योगेन्द्र प्रसाद के कुछ लोग अपहरण कर लिहल. बाद में मंगल के रात में पुलिस डाक्टर के रिहा करा लिहला में सफल हो गइल आ एगो संदिग्ध के गिरफ्तारियो भइल बा. गिरफ्तार आदमी देवेन्द्र ठाकुर ह जवना के पुलिस घटना के योजनाकार बतावत बिया. बाकी अपराधियन के गिरफ्तारी खातिर अबहियो बिहार आ नेपाल में छापा मारल जा रहल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।