बिहार में अब पूरा शराबबन्दी लागू हो गइल

बिहार सरकार अधिसूचना जारी क के आजु मंगल का दिन से बिहार में हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि.
पहिले खाली देशी शराब पर रोक लगाने के फैसला भइल रहुवे जवना का बाद विपक्ष नाराजगी जतावत रहे. मजबूरन बिहार सरकार हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि. अव पियक्कड़न ला ताड़ियो दुर्लभ क दीहल गइल बा.
मिलिट्री कैन्टोनमेंट का अलावे अब कवनो जगहा शराब ना बेचल जा सकी. बाकिर पियक्कड़ खातिर हर पखवारे दू बोतल शराब के परमिट देबे के फैसला भइल बा.
पूरा शराबबन्दी करे वाला पाँचवा राज्. बल गइल बा अब बिहार. गुजरात, नागालैंड, मणिपुर अउर केरल में पहिले से शराबबन्दी लागू बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।