बिहार में दलबदल

रामविलास पासवान के पार्टी के तीनो विधान पार्षद, राजेन्द्र राय, राजू यादव, आ मोहम्मद इसराइल राइन, अउर झारखंड मुक्ति मोर्चा के इकलौता विधायक सुमित कुमार सिहं काल्हु जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आ ग्रामीण कार्यमंत्री भीम सिंह का मौजूदगी में जदयू में शामिल हो गइले. वशिष्ठ नारायण सिंह कहले कि अब एह लोग का अइला का बाद नीतीश का अगुआई में बिहार के विकास के गति अउरी तेज होखी.

पता ना कतना तेज विकास कइले रहल ई लोग अपना पुरनका पार्टी में.

यूपीओ में बसपा के एगो विधायक शेर बहादुर सिंह काल्हु सपा में शामिल हो गइले. शेर बहादुर अम्बेडकर नगर जिला के जलालपुर विधानसभा सीट से विधायक बाड़े. बाकिर चूंकि अकेला चना भाँड़ ना फोड़े से विधानसभा में उनका बसपे में रहे के मजबूरी बा ना त विधायकी छोड़े के पड़ जाई. हो सकेला कि अगिला चुनाव में उनुका बसपा के टिकट मिले के उमेद ना रहल होई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।