बिहार में दलबदल

रामविलास पासवान के पार्टी के तीनो विधान पार्षद, राजेन्द्र राय, राजू यादव, आ मोहम्मद इसराइल राइन, अउर झारखंड मुक्ति मोर्चा के इकलौता विधायक सुमित कुमार सिहं काल्हु जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आ ग्रामीण कार्यमंत्री भीम सिंह का मौजूदगी में जदयू में शामिल हो गइले. वशिष्ठ नारायण सिंह कहले कि अब एह लोग का अइला का बाद नीतीश का अगुआई में बिहार के विकास के गति अउरी तेज होखी.

पता ना कतना तेज विकास कइले रहल ई लोग अपना पुरनका पार्टी में.

यूपीओ में बसपा के एगो विधायक शेर बहादुर सिंह काल्हु सपा में शामिल हो गइले. शेर बहादुर अम्बेडकर नगर जिला के जलालपुर विधानसभा सीट से विधायक बाड़े. बाकिर चूंकि अकेला चना भाँड़ ना फोड़े से विधानसभा में उनका बसपे में रहे के मजबूरी बा ना त विधायकी छोड़े के पड़ जाई. हो सकेला कि अगिला चुनाव में उनुका बसपा के टिकट मिले के उमेद ना रहल होई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..