बिहार में धमाल मचवले बाड़े पवन सिहं

Bhojpuri Star Pawan Singh

भोजपुरिया स्टार पवन सिंह के सफलता के जादु आजुकाल्ह पूरा बिहार में धमाल मचवले बा. उनकर दू गो नयका रिलीज फिल्म देवरा बड़ा सतावेला आ गठबन्धन प्यार के एके साथ रिलीज भइल आ दुसरको हफ्ता में ओहि तरे धूम मचवले बा. सत्तर गो सिनेमा हालन में रिलीज एह दूनू फिल्मन खातिर टिकट खिड़की पर दर्शकन के भारी भीड़ हटे के नाँवे नइखे लेत.

दुनु फिल्म में अलग अलग तरह के किरदारन के बखूबी निभावे वाला पवन सिंह के एह साल चार गो अउरी फिलिम बन के तइयार बाड़ी सँ जवना के नाम बा, भगजोगनी, चोरवा बनल दामाद, प्यार बिना चैन कहाँ रे, आ सईंया का साथे मइईयाँ में. निर्माता आलोक कुमार के फिल्म भईया के साथ ओढ़निया वाली आफ फ्लोर बिया.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।