बिहार में धूम मचा दिहले बा – मैं नागिन तू नगीना


बिहार के सिनेमाघरन में एह घरी सेनापति श्रीपत, माने कि भोजपुरी के नया नवेला स्टार मनोज पाण्डेय, के फिल्म “मैं नागिन तू नगीना” के धुममचल बा. होली पर प्रदर्शित भइल ई फिल्म मनोज पाण्डेय के पहिलका फिल्म “लहरिया लूटऽ ए राजा जी” का तरहे सफल होखे जा रहल बा, दर्शकन में सेनापति श्रीपत के लेके अतना क्रेज़ बन गइल बा कि लगभग सगरी सिनेमाघरन में लमहर लमहर लाइन देखे के मिल रहल बा. एह लाइन में काली नवहिये ना मेहरारुवनो के बड़हन तादाद बा. निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय आ निर्माता दिलीप जायसवाल के जोड़ीओ के ई दोसरकी फिल्म हिय. एकरा पहिले ई लोग “देवरा बड़ा सतावेला” बनवले रहे जवन पिछला पाँच साल के सबले बड़हन फिल्म साबित भइल रहे. एह फिल्म में मनोज पाण्डेय आ पाखी हेगड़े के रोमांसो लोग के दिवाना बना रहल बा. मनोज पाण्डेय के कहना बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा में लमहर पारी खेले आइल बाड़न.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।