बिहार में पवन सिंह के धूम मचल बा

बिहार भोजपुरी सिनेमा के सबसे मालदार टेरिटरी ह आ एह गढ़ में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के धूम मचल बा. बाक्स आफिस पर पवन सिंह के सिक्का अइसन चलल बा कि बिहार के ८५ गो सिनेमाघरन में उनकर फिल्म जबरदस्त कलेक्शन करत जमल बाड़ी सँ.

हाल ही में पवन सिंह के दू गो फिल्म “देवर भाभी” आ “दरार” बिहार में रिलीज भइल बा आ दुनु के दर्शकन के भरपूर प्यार मिल रहल बा. “दरार” बिहार में चालीसो से बेसी सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल आ ओवर हाउसफुल जा रहल बा. “देवर भाभी” ओ के बढ़िया प्रतिसाद मिल रहल बा.

“दरार” में पवन सिंह एगो मस्तमौला जवान का भूमिका में बाड़े आ भोजपुरी के हॉट अदाकारा मोनालिसा का साथे उनकर रोमांटिक सीन दर्शकन के खूबे ताली बिटोरत बा. “देवर भाभी” में पवन पाखी के जोड़ीओ दर्शकन के निमन लागत बा. पवन सिंह के अइसन सफलता भविष्य के कुछ संकेत दे रहल बा. एह साल पवन सिंह के तीन गो फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला, सईंया का साथ मड़ईया में”, आ “भईया के साली ओढ़निया बाली” के एतिहासिक सफलता मिलल बा. पवन सिंह के दू गो अउरी फिल्म “कुरुक्षेत्र” आ “गुण्डईराज” आवे वाली बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।