बिहार में पूंजी लगावे वालन के सुविधा खातिर मुंबई में कार्यालय

बिहार सरकार राज्य में पूंजी निवेश के बढ़ावा देबे खातिर मुंबई में निवेश आयुक्त कार्यालय खोली जहाँ मुख्यमंत्री महीना के पाँचवा सोमार का दिने मौजूद रहल करीहें उद्योगपतियन आ व्यापारियन ला खास दरबार लगा के. नीतीश कुमार एकर एलान अतवार का दिने कैमूर में एगो सीमेंट कारखाना के उद्घाटन करत कहलन.
सौ करोड़ के लागत से बने वाला एह कारखाना के उत्पादन क्षमता दस लाख टन सालाना के होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।