बिहार में ‘प्यार झुकता नहीं’ रिकार्ड कलेक्शन बिटोरलसि

Khesari-Smriti-PyaarJhuktaNahiईद पर बिहार में रिलीज भइल निर्माता अभय सिन्हा के फिलिम ‘प्यार झुकता नही’ रिकार्ड क्लेक्षन दर्ज कइले बिया. यशी फिल्मस् के बैनर तले बनल आ सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अउर स्मृति सिन्हा के शानदार जोड़ी से सजल एह फिलिम के सगरी बिहार में ऐतिहासिक ओपनिंग मिलल. असलम शेख निर्देशित एह फिलिम के पचपन गो सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल बा.

एह फिलिम के हर तरह के दर्शक, खास कर के औरत सभ, बहुते पसंद कइले बाड़ें. गणेश (हाजीपुर), पायल (मोतिहारी), आर. डी. पैलेस (सीतामढ़ी), भोला (समस्तीपुर), जानकी (केसरिया), श्री माँ (अरेराज), किरण (गया), सपना (आरा) समेत दू दर्जन सिनेमाघरन में एकरा ऑलटाईम रिकार्ड क्लेक्शन मिलल. एह कलेक्शन के देख ट्रेड पंडित एकरा के एह साल के अबले के सबले बड़हन हिट फिलिम बतावत बाड़ें.

एह फिलिम के खास खास कलाकारन में खेसारी लाल, स्मृति सिन्हा, शैलेश सिन्हा, अक्षरा सिंह, सुर्या, सागर सोलंके, दीपक सिन्हा, अनुप अरोरा, माया यादव, मेहनाज, जे. नीलम, प्रकाश जैस आ संभावना सेठ के नाम बा.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।