बिहार में बम्पर ओपनिंग लिहलसि विराज भट्ट के ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’

VirajBhattसिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा विराज भट्ट अभिनीत फिलिम ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ बिहार में धमाकेदार तरीका से रिलीज भइल बा. भीड़ अइसन कि देखते देखत हाउस फुल के बोर्ड टँगा जात रहे सिनेमाघरन पर. फिलिम देख के निकलत दर्शक विराज भट्ट के जमके सराहत रहलें.

जान जाईं कि बॉक्स ऑफिस पर ‘दामिनी’, ‘दाग’, ‘दिलजले’, ‘दुश्मनी’, ‘बारूद’, ‘जानवर’, ‘मर्द तांगेवाला’, ‘हिम्मतवाला’ जइसन सुपर हिट फिलिम दे चुकल विराज भटट के पूरा धेयान अब आवे वाली फिलिमन पर लागल बा जवना में ‘ई कईसन प्रथा’, ‘विराज तड़ीपार’, ‘कसम वर्दी के’ बाड़ी सँ.

‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ के निर्माण आ निर्देशन रमाकांत प्रसाद कइले बाड़न जे एहसे पहिलहू विराज भट्ट के साथ नौ गो हिट पर हिट फिलिम दिहले बाड़न. निर्देशक आ हीरो के इ जोड़ी दस गो फिलिम कइले बा आ सगरी हिट भइली सँ.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..