बिहार में बाढ़ के हालात पहिलही जस बा

बिहार में बाढ़ का हालात में काल्हु बुधो का दिने कवनो खास सुधार देखे के ना मिलल. मौसम विभाग के कहना बा कि गंगा, बूढ़ी गंडक, सोन, घाघरा, कमला बलान, आ कोसी दर्जनो जगहा पर खतरा के निशान से उपर बहत बाड़ी सँ. आपदा प्रबंधन विभाग के कहना बा कि बीस जिलन के पचपन लाख लोग एह बाढ़ से प्रभावित भइल बा. राहत आ बचाव के काम युद्धस्तर पर कइल जा रहल बा. २८४० गो नाव, २००६ गो चिकित्सा शिविर आ १२८ पशु चिकित्सा शिविर चलावल जात बा.

मौसम विभाग के ताजा जानकारी का मुताबिक सितंबर के दुसरका हफ्ता में राज्य में भारी बरखा होखे के अनेसा बा. आजु तीन सौ मिलीमीटर ले बरखा हो सकेला. एह चलते सगरी जिलन के चेता दिहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।