बिहार में भाजपा के हुंकार रैली के तइयारी ला बइठक

पटना में 27 अक्टूबर के होखे वाला भाजपा के हुंकार रैली के तइयारी पूरा जोर शोर से शुरु कर दिहल गइल बा. काल्हु भाजपा के वरिष्ठ नेता आ बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी के अध्यक्षता भइल बइठक में एह रैली के ऐतिहासिक बनावे के रणनीति बनल. बइठक में प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय, .विधानसभा मे नेता विपक्ष नंद किशोर यादव आ मंत्री रहल अश्विनी कुमार चौबे समेत अनेके बड़हन नेता मौजुद रहलें.

बाद में भाजपा के प्रदेश उपाध्यक्ष सह प्रवक्ता संजय मयुख बतवले कि एह रैली में भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदीओ आवेवाला बाड़ें. एहसे एह रैली के ऐतिहासिक बनावे के रणनीति गढ़ाइल. मंच बनावे के तरीको पर राय विचार भइल.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..