बिहार में महागठबन्हन के विरोध कइला का बाद अब सपो के मन ललचा गइल बा

हाल के चुनाव में बिहार में बनल महागठबंधन के जीत के उमेद ना देखत सपा मुखिया मुलायम सिंह ओह गठबन्हन से बाहर आ गइल रहलें आ बिहार में आपन अलगा गुट बना के चुनाव लड़लन. अलग बाति बा कि उनकर दाल कतहूं ना गलल. वइसहूं बिहार में सपा के कवनो काम जोग प्रभाव नइखे.
बाकिर बिहार में महागठबन्हन के बड़हन जीत देख सपो के मन ललचा गइल बा आ यूपी में सपा मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि एहिजो महागठबन्हन होखे के संभावना के नकारल ना जा सके. अखिलेश यादव संतकबीर नगर जिला के एगो गाँव में शादी समारोह में आइल रहलें आ ओहिजे मीडिया से बात करत में ई बात कहलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।