बिहार में मेडिकल कॉलेजन के सीट बढ़ावल गइल

विधानसभा में बिहार के स्वास्थ्य मंत्री जानकारी दिहलें कि २०१२ के सत्र से मेडिकल कॉलेजन के कुल सीट नौ सो कर दिहल गइल बा जवन पहिले सात सौ शाठ रहुवे. कहलन कि तीन सी दस सीट अउरी बढ़ावे खातिर केन्द्र से कहल गइल बा. एह खातिर मेडिकल काउन्सिल के निर्देश का हिसाब से जरूरी पद बना के ओह पर बहाली कइल जा रहल बा. कहलन कि बेतिया, पावापुरी आ मधेपुरा के नयका मेडिकल कॉलेजन में सौ सौ सीट के मान्यता लेबे के कोशिश होखत बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।